जोड़े-जोड़े फलवा सुरुज देव
घटवा पे तिवाई चढ़ावेले हो
जोड़े-जोड़े फलवा सुरुज देव
घटवा पे तिवाई चढ़ावेले हो
जल बीच खड़ा होइ दर्शन ला
आसरा लगावेले हो
जल बीच खड़ा होइ दर्शन ला
आसरा लगावेले हो
शीतली बेरिया शीतल दूजे पनिया
कब देव देवता तू आके दर्शनिया
हाँ शीतली बेरिया शीतल दूजे पनिया
कब देव देवता तू आके दर्शनिया
जोड़े-जोड़े सुपवा आदित देव
घटवा पे तिवाई चढ़ावेले हो
जल बीच खड़ा होइ दर्शन ला
आसरा लगावेले हो
जल बीच खड़ा होइ दर्शन ला
आसरा लगावेले हो
भुखली शरीरिया सजल शुभे मनवा
पुरुबे लागल बडुवे सबके ध्यानवा
हाँ भुखलि शरीरिया सजल शुभे मनवा
पुरुबे लागल बडुवे सबके ध्यानवा
जोड़े-जोड़े दौरा ए दीनानाथ
घटवा पे तिवाई चढ़ावेले हो
जल बीच खड़ा होइ दर्शन ला
आसरा लगावेले हो
जल बीच खड़ा होइ दर्शन ला
आसरा लगावेले हो
विनय बिहारी लिखले
माई के भजनवा
गावेली पलक बेटी
धय के ध्यानवा
विनय बिहारी लिखले
माई के भजनवा
गावेली पलक बेटी
धय के ध्यानवा
जोड़े-जोड़े पियारी ए गंगा मैया
घटवा पे तिवाई चढ़ावेले हो
जल बीच खड़ा होइ दर्शन ला
आसरा लगावेले हो
Bhakti Bharat Lyrics
जल बीच खड़ा होइ दर्शन ला
आसरा लगावेले हो